हिंद महासागरur
| धरती के महासागर |
|---|
|
|
महासागर |
हिंद महासागर बिस्व क तीसरा सबसे बड़हन महासागर ह जे लगभग 70,560,000 किमी2 (7.595×1014 वर्ग फु) क्षेत्रफल पर बिस्तार लिहले बा आ धरती के पूरा पानी वाली सतह के लगभग 20% हिस्सा कभर करे ला। एकरे पच्छिम ओर अफ्रीका, उत्तर ओर एशिया आ पूरुब ओर ऑस्ट्रेलिया महादीप बाड़ें आ दक्खिन में दक्खिनी महासागर, या फिर अगर ओकरा के अलगा से महासागर महासागर न मानल जाय, तब अंटार्कटिका महादीप बाटे। एकर नाँव भारत के नाँव (हिंद) के नाँव पर रखल गइल हवे आ अइसन एकलौता महासागर बा जेकर नाँव कौनों देस के नाँव प रखल गइल होखे। अरब सागर आ बंगाल क खाड़ी एही हिंद महासागरे क हिस्सा हउवें।
भूबिज्ञान[संपादन]
हिंद महासागर दुनिया के बाकी महासागर सभ के तुलना में सभसे नाया हवे। एह महासागर में एक्टिव महासागरी कटक (रिज) बाड़ें जिनहन के सहारे प्लेट सभ के सरकाव होखे ला। रोडरिगीस ट्रिपल प्वाइंट आ बिचला भारतीय रिज, कास्बर्ग रिज इत्यादि एह में प्रमुख बाड़ीं। अफिरकी प्लेट आ इंडो-ऑस्ट्रेलियाई प्लेट एक दुसरे से फरका हटे लीं तहाँ कास्बर्ग रिज हवे; दक्खिन-पच्छिमी इंडियन रिज के सहारे अफिरकी प्लेट आ अंटार्कटिका प्लेट के बिलगाव होला आ बिचली रिज अरब सागर से हो के लाल सागर ले आ आगे भूमध्य सागर तक ले चल जाले।
किनारे के देस आ राज्यक्षेत्र[संपादन]
महादीप सभ के बाहरी किनारा पर कई ठे छोटहन दीप पावल जालें। पूरा तरीका से समुंद्र से घेराइल, दीपीय देस, भी एह महासागर में बाड़ें। लगभग घड़ी के सुई के दिसा में गिनावल जाय तब राज्य (देस) आ राज्यक्षेत्र (टेरिटरी) सभ के बिबरन नीचे बा:
अफिरका
दक्षिण अफ्रीका
Mozambique
Madagascar
फ्रांसीसी दक्खिनी आ अंटार्कटिक जमीन (FRA)
फ्रांस (मायोट्टे आ रियूनियन)
मॉरिशस
कोमोरोस
तंज़ानिया
Seychelles
Kenya
Somalia
जिबूती
इरीट्रिया
Sudan
मिस्र
एशिया
Israel
जॉर्डन
Saudi Arabia
Yemen
Oman
यूनाइटेड अरब अमीरात
क़तर
बहरीन
कुवैत
Iraq
ईरान
पाकिस्तान
भारत
मालदीव
British Indian Ocean Territory
श्रीलंका
बांग्लादेश
म्यांमार
थाईलैण्ड
मलेशिया
सिंगापुर
इंडोनेशिया
कोकोस (कीलिंग) दीप (AUS)
क्रिसमस दीप (AUS)
Timor-Leste
ऑस्ट्रेलेशिया
एशमूर आ कार्टियर दीप (AUS)
इंडोनेशिया
ऑस्ट्रेलिया
दक्खिनी हिंद महासागर
हर्ड दीप आ मैकडोनाल्ड दीप (AUS)
फ्रांसीसी दक्खिनी आ अंटार्कटिक जमीन (FRA)
प्रिंस एडवर्ड दीप (RSA)
| ई भूगोल-संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |